बज्जिकाञ्चल संवाददाता, रौतहट, १५ गते
उखके दाम तय करेके बात पर उख उपजावे वाला किसान आ चिनी मिल मालिकबीच मतभेद देखल जा रहल हए । चालू पेराई सिजन २०८३/८४ के लेल उखके सरकारी समर्थन दाम तय करे लेल सरकार सोमारके दिन कृषि तथा पशुपन्छी विकास मन्त्रालयमे दुनू पक्षके बइठका लेल बोलएले हए ।

सिंहदरबारस्थित कृषि मन्त्रालयमे सरकारके प्रतिनिधिके रोहवरमे चिनी मिल मालिक संघ आ उख उत्पादक किसान महासंघबीच बइठक होखे वाला हए । बइठकमे किसानके खेतीमे लागे वाला खरचा, चिनी आ सख्खरके बजार भाव आ चिनी मिल चलावेमे लागे वाला खरचाके आधार बनाके उखके दाम तय करेके बात पर चर्चा होएबाला हए ।

उख किसान सबके कहनाम बा कि खेती करे लेल खाद, बीआ, पटवन, डीजल आ मजदूरके मजूरी पहिले से काफी बढ़ गेल हए । एहिसे उखके दामो ओही हिसाब से बढ़ावल जाए। दोसरा ओर चिनी मिल मालिक सब कहईत बाड़न कि मिल चलावेके खरचा, मिलके आर्थिक अवस्था आ बजारके भावके ध्यानमे रखके दाम तय होखेके चाहीं।

चिनी उत्पादक संघके महासचिव आ सर्लाहीस्थित इन्दुशंकर चिनी मिलके सञ्चालक राजेश केडियाके कहनाम बा कि किसान आ चिनी मिल मालिक दुनूके समस्या बुझके उखके दाम तय होखेके चाहीं।
नागरिकन्युज से बातचीतमे केडिया कहलन कि सभ जातके उखके एके दाम ना होखेके चाहीं। जे जातके उखसे बेसी चिनी निकलेला, ओकर दाम बेसी आ जे जातसे कम चिनी निकलले, ओकर दाम अलग होखेके चाहीं।

उखके जात आ ओकरा से निकले वाला चिनीके मात्रा देखके दाम तय करेके उद्योगी सबके कहनाम बा। किसान के उचित दाम मिले आ चिनी मिलो घाटा उठवले बिना चलत रहे, एह दुनू बातके ध्यान रखेके चाहीं।

एने उख उपजावे वाला किसान सबके माँग बा कि खेतीके खरचा लगभग दोगुना हो गेल हए । एहिसे उखके दाम प्रति क्विन्टल १ हजार २०० रुपइया से बेसी तय कइल जाए।
![]()
दाम तय करावे लेल राजधानी पहुँचल उख उत्पादक संघ रौतहटके अध्यक्ष अशोक यादव कहलन कि पिछला सालके तुलना मे ए साल उख खेती करेके खरचा बहुत बढ़ गेल हए । खेत जोतवावे, उख रोपवावे, खाद डलवावे, पटवन करावे, डीजल खरीदे आ मजदूर लगावे तक सभ चीजके खरचा बढ़ गेल हए ।

यादवके कहनाम बा कि चिनी आ सख्खरके बजार भाव तकरीसे दोगुना हो गेल बा त किसानके उखके दामो ओही हिसाब से बढ़ेके चाहीं। खेतीमे लागल खरचा के हिसाब ना करके दाम तय कएल जाई त किसान सबके आउर घाटा उठावेके पिरई।

एही तरह अगुवा उख किसान कामेश्वर सहनी कहलन कि सरकार उखके नगदी फसल त मानेला, बाकिर किसान उख रोपे ओकरा से पहिले ही दाम तय होखेके चाहीं। पहिले से दाम तय ना रहला पर किसान के ई भरोसा नइखे रहत कि फसल तैयार भइला पर ओकरा के केतना दाम मिली।
सहनीके कहनाम बा कि सरकार समय पर उखके दाम नइखे तय करत, एहिसे किसान मजबूरीमे आपन उख कम दाम पर बेचेले। उनका अनुसार छठ पर्वके समय सख्खरके माँग बढ़ला पर स्थानीय सख्खर बनावे वाला मिल सब किसान से प्रति क्विन्टल ५०० रुपइया के भाव से उख किनले रहे।
![]()
समय पर उखके दाम तय ना होखला से किसान बिचौलिया आ स्थानीय मिल मालिक के मनमाना भाव पर उख बेचे खातिर मजबूर हो रहल बाड़न। एहसे किसान सबके माँग बा कि सरकार खेती शुरू होखेसे पहिले ही उखके सरकारी दाम तय कर देव।

अब सरकार खातिर सबसे बड़का सवाल बा कि किसानके खेतीमे लागल खरचा के उचित दाम मिली आ चिनी मिल मालिक सबके मिल चलावे लायक दाम पर सहमति बनी कि ना। एह खातिर सोमारके दिन कृषि मन्त्रालयमे होखे वाला बइठक पर रौतहट, सर्लाही सहित उख उपजावे वाला जिला के किसान सबके ध्यान लागल हए ।सभार नागरिक न्यूज नेटवर्क

