रामअधार यादब,रौतहट, १८ कात्तिक ।

रौतहटके फतुवा विजयपुर नगरपालिका–९ स्थित विजयपुर बजार में रहल जगदीश अटोमोबाइल इन्टरप्राइजेज ग्राहक सबके लक्षित करके महा एक्सचेन्ज मेला सञ्चालन कएले हए। कार्तिक १५ गते से २४ गते तक चलेवाला एह मेला में पुरान मोटरसाइकल चाहे स्कुटर साटके नया गाड़ी लेवेके सुविधा उपलब्ध करावल गेल हए।

मेलामें पुरान मोटरसाइकल आ स्कुटरके आकर्षक मूल्यांकन, १० लाख रुपियाँ तक नगद छूट, निःशुल्क हेलमेट आ सहज वित्तीय सुविधाके व्यवस्था कएल गेल आयोजक जनवले हए । ग्राहक अपना पुरान सवारी साधनके मूल्यांकन कराके ओकर मूल्य अनुसार नया मोटरसाइकल चाहे स्कुटर खरीद सकेके व्यावस्था कएले बाड़न।

ओइसहीं, चाडपर्वके अवसर पर ग्राहक सबके विभिन्न आकर्षक उपहार जीतेके मौका भी देहल गेल हए। मेलामें दिव्यएस ब्रान्डके अलग(अलग मोडलके मोटरसाइकल आ स्कुटर खरीदल जा सकइ हए।

जगदीश अटोमोबाइल इन्टरप्राइजेजके अनुसार, पुरान सवारी साधनके उचित मूल्यांकन करके ग्राहक सबके नया सवारी साधन खरीदे में आसानी पहुँचावल मेलाके मुख्य उद्देश्य हए।

विजयपुर बजारस्थित पेट्रोल पम्पके बगल में रहल इन्टरप्राइजेज ग्राहक सबके मेला अवधि में उपलब्ध सुविधा के लाभ उठावेके आग्रह कएले हए। सीमित समय खातिर सञ्चालन होखे वाला ई मेला कार्तिक २४ गते तक मात्र चलेवाला हए। एहसे इच्छुक ग्राहक सबके समय रहते मेला में सहभागी होखे आयोजक अनुरोध कएले हए।