बज्जिकाचल संमबादाता, बारा, १५ गते कार्तिक ।
बारा जिल्लाके फेटा गाउँपालिकामे अस्पताल उद्घाटनके समय भइल झड़प आ पुलिसके ओर से चलावल गोलीके घटना पर छानबिन करेके लेल गठित समिति अपन अनुसन्धान शुरू कर देले हए। मधेस प्रदेश प्रहरी कार्यालय वरिष्ठ प्रहरी उपरीक्षक (एसएसपी) प्रभुप्रसाद ढकालके संयोजकत्वमे तीन सदस्यीय छानबिन समिति गठन कएले रहे। समिति आइतवार से अनुसन्धान शुरू कएले संयोजक ढकाल जानकारी देले हए ।

अस्पताल उद्घाटनके विषय लेके दु पक्षबीच विवाद बढ़ला के बाद झड़प भइल रहे। ओही दौरान घटनास्थल पर पहुँचल पुलिसकर्मी पर भी आक्रमण भएल रहे। संयोजक ढकालके अनुसार, प्रदर्शनकारी सब १० गो मोटरसाइकल जरा देले रहे। ओही के साथ अस्पतालके शिलालेख आ कार्यक्रम स्थल पर लगावल टेन्ट मे भी तोड़फोड़ कएले रहलन ।

एह घटना मे पुलिसके गोली लागला से स्थानीय युवा आदित्य पासवान गम्भीर रूप से घायल भेल बाड़न। ओइलन पाँच गो पुलिसकर्मीसहित कुछ स्थानीय लोग भी घायल भेल बाड़न। गोली लागला से गम्भीर रूप से घायल आदित्यके उपचार लेल अस्पतालमे भर्ती करावल कएलन रहे।

घटना के बाद पुलिसके ओर से कइल गइल बल प्रयोग, गोली चलावेके जरूरत काहे पड़ल, गोली चलावेके आदेश केकरा ओर से देहल गेल आ पूरा घटनाक्रम मे पुलिसके भूमिका के रहल, एह सब विषय पर समिति अनुसन्धान करेबाला हए।
एह बीच घटनास्थल पर तैनात इलाका प्रहरी कार्यालय प्रसौनीके कुछ पुलिसकर्मी के जिम्मेवारी से हटा देहल गएल हए। समिति एह बात के भी अनुसन्धान करी कि घटना के दौरान पुलिसकर्मी लोग निर्धारित प्रक्रिया आ नियमके पालन कएले हए कि ना।

छानबिन समिति मे प्रहरी उपरीक्षक भुवनेश्वरप्रसाद साह आ प्रहरी निरीक्षक प्रकाशशंकर यादव सदस्य के रूप मे शामिल बाड़न। समिति के तीन दिनके भीतर छानबिन पूरा करके प्रतिवेदन पेश करेके जिम्मेवारी देहल गेल हए।
एह घटना के निष्पक्ष छानबिन करके वास्तविकता सार्वजनिक करेके जरूरी हए। खास करके पुलिसके गोली से गम्भीर घायल भइल युवक आदित्य पासवानके घटना, प्रदर्शनकारी आ पुलिसबीच भेल झड़प तथा बल प्रयोगके औचित्य के बारे मे स्पष्ट जानकारी सामने आवल जरूरी हए।गोरखापत्र अनलाइन

