रामअधार यादव, रौतहट, कार्तिक ७ गते।

रौतहट । स्थानीय समुदायसे सीधा संवाद कायम करेके उद्देश्यसे बज्जिकाञ्चल एफएम ८९.२ मेगाहर्जद्वारा सञ्चालन होत आइल ‘क्यूरी स्वाद संवाद’ कार्यक्रम रौतहटके कटहरिया नगरपालिका–२ स्थित जमुनिया बजारमे सम्पन्न भेल हए। कार्यक्रममे स्थानीय श्रोतासभके उत्साहजनक सहभागिता रहल रहे।

कटहरियासे प्रसारण होत आइल बज्जिकाञ्चल एफएम अपना प्रसारणके स्टुडियो तक सीमित नइखे रखले, बल्कि गाँव, टोल आ बजार तक पहुँचावेके अभियानअन्तर्गत ई कार्यक्रम सञ्चालन कइले हए।

क्यूरी मसालाके प्रायोजन आ कटहरिया स्थित निराला जेनरल स्टोरके सहकार्यमे हरेक शुक्रवार दुपहरिया ३:१५ बजेसे ४ बजे तक ई कार्यक्रम प्रसारण होत आइल हए।

कार्यक्रमके प्रस्तोता राजेश निर्माणी स्थानीय श्रोतासभसे सीधा अन्तरक्रिया कइले। ऊ दैनिक रसोईमे इस्तेमाल होखे वाला सामग्री, खाना बनावेके तरीका आ क्यूरी मसालासे जुड़ल विभिन्न सवाल पूछले। सवालके सही जवाब देवे वाला सहभागीसभके क्यूरी मसालाके ओरसे कुपन प्रदान कइल गइल।

कार्यक्रममे कटहरिया नगरपालिका क्षेत्रके झौवा, जमुनिया, भसेडवा आ कटहरिया लगायत विभिन्न जगहके करीब १७ गो स्थानीय श्रोता सहभागी भइलन। आयोजकके ओरसे विजेता श्रोतासभके नगद पुरस्कार भी देहल गइल।

कार्यक्रममे झौवाके रंधिर यादवके ५०० रुपइया, जयराम यादवके ३०० रुपइया, जमुनियाके मसिन्द्र दासके १०० रुपइया, साबबुदिन आलमके ५० रुपइया, राकेश साहके १०० रुपइया आ संजय साहके १०० रुपइया पुरस्कार देहल गइल।

एही तरे भसेडवाके रंधिर यादव आ पवन कुमार कुशवाहाके १००–१०० रुपइया, कटहरियाके विवेक यादवके ५० रुपइया, जमुनियाके सुरज कुमार साहके १०० रुपइया, रबिनके १०० रुपइया, समिर आलमके १०० रुपइया आ क्यामुदिन मियाके ५० रुपइया देहल गइल।

एह कार्यक्रममे निराजन गुप्ताके १०० रुपइया, हसरे आलम, कैलास ठाकुर, धिरज साह कानुके ५०–५० रुपइया पुरस्कार देहल गइल।

बज्जिकाञ्चल मिडिया प्रा.लि. तथा बज्जिकाञ्चल एफएमके सञ्चालक आरके श्रीवास्तव कहलन कि रेडियोके भूमिका समाचार आ मनोरञ्जन प्रसारण करे तक सीमित नइखे। रेडियोके काम जनताके आवाज सुने, ओहनीके समस्या, अनुभव आ विचारके प्राथमिकता देवे भी हए।

स्थानीय नागरिकसभसे सीधा सम्बन्ध कायम करेके उद्देश्यसे एफएम समुदायकेन्द्रित कार्यक्रमके निरन्तरता दे रहल हए। एहसे पहिले फतुवा विजयपुर नगरपालिकाके बैरगनिया बजारमे भी एही तरहके कार्यक्रम आयोजना करके बज्जिकाञ्चल एफएमसे सीधा प्रसारण कइल गइल रहे।

एफएमके प्रबन्ध निर्देशक सरिता कुमारी श्रीवास्तव कहलखिन कि सञ्चारमाध्यमके वास्तविक प्रभाव जनतासे ओकर निकट सम्बन्ध पर निर्भर करेला। एह उद्देश्यसे श्रोतासभके ओहनीके अपना गाँव आ टोलमे पहुँचके कार्यक्रमसे जोड़ेके प्रयास कइल जा रहल हए।

एही बीच, क्यूरी मसालाके बिजनेस पार्टनर तथा निराला जेनरल स्टोर कटहरियाके सञ्चालक महाशक्ति निराला कहलन कि ई कार्यक्रम स्थानीय उपभोक्ता आ श्रोतासभसे सीधा सम्पर्क स्थापित करेके प्रभावकारी माध्यम बनल हए।

उहाँ कहलन कि क्यूरी मसालाके गुणस्तर आ उपयोगबारे उपभोक्तासभके जानकारी देवेके साथे मनोरञ्जनात्मक गतिविधि मार्फत स्थानीय समुदायसे आत्मीय सम्बन्ध बढ़ावेके उद्देश्यसे एफएमके साथ सहकार्य कइल गइल हए।

कार्यक्रम सञ्चालनमे बज्जिकाञ्चल एफएमके सञ्चालक आरके श्रीवास्तव, सम्पादक आरएन पटेल, रामअधार यादव तथा प्राविधिक चन्दन यादव, सुरज यादव लगायतके टोली सहयोग कइले रहे।

स्थानीय श्रोतासभसे सीधा संवाद, प्रश्नोत्तर आ पुरस्कार वितरणके समेटले ‘क्यूरी स्वाद संवाद’ कार्यक्रमसे रेडियो आ समुदायबीचके सम्बन्ध आउर मजबूत होखेके अपेक्षा कइल गइल हए। बज्जिकाञ्चल एफएम आगामी दिनमे भी अलग-अलग जगह पहुँचके एहन कार्यक्रमके निरन्तरता देवेके जनवले हए।