जनकपुरधाम, ८ गते कातिक।

धनुषा जिला में धारदार हथियार से हमला करके अपना मेहरारूके हत्या करेके आरोप लागल मरद झूलल अवस्था में मरल मिलल हए । ई घटना में चार बरिसके बेटा भी घायल भेल हए । जिला प्रहरी कार्यालय धनुषाके अनुसार, गणेशमान चारनाथ नगरपालिका–४ भरतपुर निवासी करीब ३५ बरिसके उमेश यादव मिथिला बिहारी नगरपालिका–३ मिथिलेश्वर स्थित अपना ससुरार में अपना ३० बरिसके मेहरारू रीना यादव आ चार बरिसके बेटा सम्राट यादव पर धारदार हथियार से हमला कएले रहे। प्रहरीके कहनाम हए कि उमेश शनिचर के राति करीब ९ बजे अपना ससुरार पहुँचल रहे।

एतवार के सबेरे करीब १ बजके ४५ मिनट पर मेहरारू आ बेटा पर धारदार हथियार से हमला भेलाके सूचना मिलला के बाद इलाका प्रहरी कार्यालय धनुषाधाम से प्रहरी टोली घटनास्थल पर पहुँचल रहे । प्रहरी टोली घटनास्थल पर रीना यादव के गरदन पर धारदार हथियार से काटल चोट देखलक । ऊ मरल अवस्था में मिलल रहलन ।

ई तरह चार बरिसके बालक सम्राट यादव के दहिना जाँघ पर काटल चोट लागल रहे। घायल बालक के स्थानीय क्लिनिक में प्राथमिक उपचार करावेके बाद अउरी इलाजके लेल प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम भेजल गेल हए । प्रहरीके अनुसार, फिलहाल बालकके अवस्था सामान्य हए ।

घटना के बाद फरार उमेश यादव के खोज करेके दौरान घटनास्थल से करीब एक किलोमीटर पश्चिम मिथिला बिहारी नगरपालिका–२ में सिरसिया जाएवाला सड़क के दक्षिण ओर रहल आमके गाछी में उनकर शव झूलल अवस्था में मिलल हए । प्रहरीके अनुसार, घटनाके सम्बन्ध में आगे के अनुसन्धान आ आवश्यक कानूनी प्रक्रिया जारी हए ।