रामअधार यादब, रौतहट, असोज ३० गते।

रौतहटके देवाही गोनाही नगरपालिका–६ के वडा अध्यक्षके प्रत्यासी  चिकित्सक पवनकुमार ठाकुर शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषि आ पूर्वाधार विकासके प्राथमिकता देके काम करेके प्रतिबद्धता जनएले हए । ऊ अपना जीतला पर वडामे बर्थिङ सेन्टर खोलल, निःशुल्क एम्बुलेन्स सेवा चलावल आ स्थानीय नागरिकके समस्या समाधान करेके लेल पहल करेके बतएले हए ।

बिफेके बज्जिकाञ्चल एफएमके ‘बज्जिकाञ्चल बहस’ कार्यक्रममे प्रस्तोता सागर संगम ठाकुर से विशेष अतिथि बनके बातचीत करईत चिकित्सक ठाकुर कहलन कि वडामे प्रसूति सेवा उपलब्ध नहए । एहसे खास करके आर्थिक रूप से कमजोर गरीब आ दलित समुदायके महिलासभ के बच्चा जन्म देवेके समय बहुत परेशानी झेले पड़ रहल हए । स्वास्थ्य संस्था तक पहुँचेमे आर्थिक आ भौतिक समस्या होखला से बर्थिङ सेन्टर खोलल अपना पहिल प्राथमिकता बनएले बानी, ऊ कहलन । कटहरियामे रहल जीवन ज्योति अस्पतालके निर्देशक रहल ठाकुर बतवलन कि ऊ चिकित्सकके रूपमे लमहर समय से वडाके स्थानीय नागरिकके सेवा करईत आ रहल बानी ।

 

आर्थिक अभावके चलते इलाज नहए करा पावेवाला गरीब आ असहाय मरीजसभ के निःशुल्क इलाज आ दवाइ लेल सहयोग करईत आएल बानी । स्वास्थ्य सेवा देवेके दौरान जनता के दोसरा सामाजिक समस्यासभ के भी नजदीक से समझेके मौका मिलल, ऊ बतएलन । ठाकुर कहलन कि वडाध्यक्ष पद पर जीतला के बादो चिकित्सकीय पेशा आ जनप्रतिनिधिके जिम्मेवारी दुनू के जारी रखके जनताके सेवा करेके योजना हए । हुनकर बचपन काफी संघर्षमे बीतल रहे ।

पाँच बरिसके उमेरे बापके निधन हो गेल रहे । दुनू माईके सहयोग से ऊ आपन पढ़ाइ पूरा कएलन । घरके धान चाउर बेचके तक पढ़ाइमे सहयोग करेवाली दुनू माईके निधन के बाद अपना जिनगीमे बड़का अभाव महसूस हो रहल हए ऊ बतएलन । कटहरियाके जनता माध्यमिक विद्यालय से एसएलसी पास कएला के बाद स्वास्थ्य सहायक एचए के पढ़ाइ करे लेल ऊ चितवनके भरतपुर गेलन । पढ़ाइ पूरा कएला के बाद कटहरियामे क्लिनिक चलावे लगलन।