आरके श्रीवास्तव, रौतहट, २७ गते आसीन ।
रौतहटके कटहरियासे गरुडा झांझपुल दिस जाए वाला सडकखण्डके बलुवा गाँवमे सडक जर्जर हो गेला से स्थानीय लोग आ यात्रु सबके बहुत परेशानी झेले पड रहल हए । सडक पक्का बनावल गेल बहुत दिन न भेल, बाकिर एकर अलग अलग जगह पर बड बड गड्ढा बन गेल हए । एहसे रोज आवे जाए वाला सवारी साधन आ यात्रु सबके परेशानी हो रहल हए ।

स्थानीय लोगके कहनाम हए कि बरसातके समय सडक पर कीचड जम जाएला, जवना से आवागमन आउर मुश्किल हो जाला । एकरा चलते दुर्घटना होखेके खतरा भी बढल गेल हए । स्थानीय लोगके अनुसार कटहरिया आ गरुडा नगरपालिका के जोडे वाला ई सडक पर रोज बहुत सवारी साधन चलेला । ई सडक दुनू नगरपालिका के साथे दोसरा जगह के भी जोडेले । एह रास्ता से आम जनता, जनप्रतिनिधि आ प्रदेश सरकारके मन्त्री सब भी आवे(जाए करेलन ।

बाकिर सडकके खराब हालत पर सम्बन्धित निकाय पर्याप्त ध्यान नइखे दे रहल, अइसन आरोप स्थानीय लोग लगा रहल बाडे । स्थानीय लोगके कहनाम हए कि सडकके समस्या के बारेमे कई बेर आवाज उठावल गेल । सञ्चारमाध्यम के जरिये भी एह समस्या के सार्वजनिक कएल गेल, बाकिर अबले सडकके हालत मे सुधार नइखे भेल । स्थानीय लोग सडकके मरम्मत खातिर सडक डिभिजन कार्यालय आ प्रदेश सरकारके भौतिक पूर्वाधार मन्त्रालय से जरूरी पहल करेके माँग कएले बाडे । सडक पर बनल गड्ढा पुरी करके आ जरूरत के जगह पर ग्राभेल डालके तुरन्त मरम्मत कएल जा सकलन । बाकिर सम्बन्धित निकाय उदासीन बनल बा, स्थानीय लोगके आरोप हए ।

