रामअधार यादव, रौतहट ।
करीब छह दशकसे रेडियो सुनैत आ रहल पुरान रेडियो श्रोता, साहित्यप्रेमी आ सर्जक रामविश्वास साह बज्जिकाञ्चल एफएमके कार्यक्रमसे काफी प्रभावित भेल बतवले हए। रेडियोके विभिन्न कार्यक्रम, प्रस्तुति शैली आ श्रोतासभके सहभागिता देखके ऊ एफएमके खुलके प्रशंसा कएले हए।

बज्जिकाञ्चल एफएम ८९।२ मेगाहर्जके लोकप्रिय कार्यक्रम ‘बज्जिकाञ्चल बहस’ में अतिथिके रूपमें सहभागी भेल साह अइसन बात बतवले हए। कार्यक्रमके संचालक आरके श्रीवास्तवसे बातचीत करत ऊ रेडियोके महत्व, कार्यक्रमके गुणवत्ता, विज्ञापनदातासभके योगदान, महिला सहभागिता आ नया कार्यक्रम सञ्चालन करेके विषयमें महत्वपूर्ण सुझाव देले हए।

साह बतवले कि ओने बि स २०६२ आ ६३ से ही भारतके अल इन्डिया रेडियो, विविध भारती, रेडियो श्रीलंका आ नेपालके रेडियो नेपाल नियमित रूपसे सुनैत आ रहल बाड़न। रेडियो नेपालसे प्रसारित होखे वाला ‘भोजपुरिया सन्देश’ कार्यक्रममें चिठीमार्फत आपन विचार आ रचना भेजेके साथे विभिन्न कार्यक्रममें श्रोताके रूपमें सहभागी होखेके अनुभव भी सुनवले बाडन ।

मोबाइल आ सामाजिक सञ्जालके विस्तारके बाद रेडियोके महत्व घट गेल बा धारणा गलत रहल बतावइत साह कहलन कि रेडियो आजुओ सूचना, शिक्षा आ मनोरञ्जनके प्रभावकारी माध्यम हए। बदलत समयमें भी रेडियोके अपन अलग पहचान आ महत्व कायम रहल हए।

बज्जिकाञ्चल एफएमके कार्यक्रमके दोसर रेडियोके तुलना में लोकप्रिय आ प्रभावकारी बतावइत ओने एकर खुलेके प्रशंसा कएलन। एफएमके स्पष्ट आवाज, कार्यक्रमके प्रस्तुति आ बालबालिका, विद्यार्थी, महिला तथा आम श्रोतासभके सहभागी करावेके शैली उनका काफी पसंद आएल हए।

रेडियो सञ्चालनमें विज्ञापनदातासभके योगदान महत्वपूर्ण रहल बतावइत ऊ लमहर समयसे बज्जिकाञ्चल एफएमके सहयोग करैत आ रहल क्यूरि मसालाके बिजनेस पार्टनर निराला जनरल स्टोर, कटहरिया बजारके सञ्चालक महाशक्ति निरालाप्रति आभार व्यक्त कएलन। क्यूरि मसालाके प्रायोजनमें सञ्चालन हो रहल ‘क्यूरि स्वाद संवाद’ कार्यक्रम श्रोतासभके सहभागिता बढ़ावे आ स्थानीय प्रतिभाके उजागर करेमें महत्वपूर्ण भूमिका निभा रहल साह बतवले हए ।

महिला सहभागिता बढ़ावे लेल सञ्चालन हो रहल ‘चटकार स्वाद’ कार्यक्रमके भी ऊ सराहना कएलन। महिला लोगसे बिना संकोच आपन कला, प्रतिभा आ अनुभव प्रस्तुत करेके आग्रह करइत ऊ कहलन कि अइसन कार्यक्रमसे महिला लोगके प्रतिभा समाजके सामने आवेके अवसर मिलेल हए।

आगामी दिनमें गीतके धुन सुनाके गायक आ गीतके पहचान करावे वाला ‘गीत पहेली’ कार्यक्रम सञ्चालन करेके सुझाव भी ऊ देलन। एकरा अलावे पुरान रेडियो संस्कृतिके जिन्दा राखे खातिर चिठीपत्र कार्यक्रम फेरसे शुरू करेके आवश्यकता पर जोर देलन।

बज्जिकाञ्चल एफएमसे प्रसारित होखे वाला ‘भोजपुरिया धमाका’, ‘सुनाइ अपन प्रतिभा’, ‘ब्रेन चेक’, ‘हम बानी बुझक्कड़’, ‘पुरस्कार पाँच सय’, ‘गुदगुदी’ आ ‘संगीत सफर’ जइसन कार्यक्रम बालबालिका, विद्यार्थी आ युवासभके आपन प्रतिभा देखावेके अच्छा अवसर दे रहल हए , ई बात ऊ उल्लेख कएलन।
कार्यक्रमके पहुँच खाली स्टुडियो तक सीमित ना रखके गाँव(गाँव आ बजार तक पहुँचावेके सुझाव देत साह कहलन कि अइसन प्रयाससे रेडियो आ श्रोताके बीचके सम्बन्ध अउरी मजबूत होई आ स्थानीय लोगके सहभागिता भी बढ़ी।

रेडियो सुनैके साथे साहित्यिक सिर्जनामें रुचि रखे वाला साह कार्यक्रमके दौरान आपन भोजपुरी आ हिन्दी कविता, गजल आ मुक्तक भी सुनवलन। माओवादी द्वन्द्वके समय हिंसा समाप्त करके शान्तिके रास्ता अपनावेके आग्रह करइत भोजपुरी भाषामें लिखल आपन रचना रेडियो नेपालसे प्रसारित भइल प्रसंग भी ऊ सुनवलन। उनका रचनासभमें शान्ति, प्रेम, आत्मसम्मान, सामाजिक सद्भाव आ मानवीय संवेदना जइसन विषय प्रमुख रूपसे समेटल रहल।

कार्यक्रममें फोनमार्फत श्रोता दिवेन्द्र भी आपन सहभागिता जनवलन। ऊ रामविश्वास साहके अनुभव आ सुझावके प्रशंसा करत बज्जिकाञ्चल एफएमके धन्यवाद देलन। अइसन कार्यक्रमसे रेडियो आ श्रोताके बीचके सम्बन्ध अउरी प्रगाढ़ होखेला, ई बात भी ऊ कहलन।

कार्यक्रमके अन्तिममें साह बज्जिकाञ्चल एफएमके आगामी दिनमें भी निष्पक्ष, गुणस्तरीय आ श्रोतामैत्री कार्यक्रम सञ्चालन करेके सुझाव देत रेडियोके कार्यक्रमसे लगातार जुड़ल रहेके प्रतिबद्धता व्यक्त कएलन।

रेडियो स्थानीय भाषा, कला, साहित्य, संस्कृति आ प्रतिभाके संरक्षण तथा प्रवर्द्धन करेके साझा माध्यम रहल उल्लेख करत ऊ आम लोगसे रेडियोके कार्यक्रम सुने आ एहसे जुड़ल रहेके आग्रह कएलन।


