रामअधार यादव, रौतहट, १४ गते कार्तिक ।
रौतहट । राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी रास्वपा कटहरिया नगरपालिका–९ के नवनिर्वाचित वडा सभापति सन्तोष पासवान आगामी स्थानीय चुनाव में पुरान राजनीतिक दलसब के विकल्प बनके जनता के विश्वास जीते के दावा कएले हए । हुन कटहरिया नगरपालिका के नौवो वार्ड में पार्टी के संगठन विस्तार करके नगर प्रमुख सहित अलग अलग पद पर जीत हासिल करेके लक्ष्य रखले छत ।

बज्जिकाञ्चल एफएम के नियमित कार्यक्रम ‘बज्जिकाञ्चल बहस’ में प्रस्तोता सागर संगम ठाकुर से बातचीत करईत पासवान शिक्षा, स्वास्थ्य, सड़क, कृषि, पुल निर्माण आ बजार व्यवस्थापन के अपना प्रमुख प्राथमिकता बतएलन । स्थानीय तह में जनता के झेलेके पडरहल आधारभूत समस्या के समाधान आ सार्वजनिक सेवा प्रवाह में सुधार लेआवल अपना राजनीतिक उद्देश्य रहल हुन बतएलन ।

पासवान के कहनाम अनुसार, हुन अपना राजनीतिक यात्रा नेकपा एमाले से शुरू कएले रहलन । २०७८ साल में एमाले के गाउँ कमिटी कोषाध्यक्ष के जिम्मेवारी संभारे के बादहुन प्रभु साह के नेतृत्व वाला आम जनता पार्टी में शामिल भेल रहलन । आम जनता पार्टी के इकाइ कमिटी उपाध्यक्ष के जिम्मेवारी भी संभारे वाला पासवान जेनजी आन्दोलन के बाद राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी में प्रवेश कएले रहलन । फिलहाल हुन कटहरिया नगरपालिका–९ के वडा सभापति के जिम्मेवारी में छत । राजनीतिक दल बदले के कारण के बारे में पूछला पर पासवान बतएलन कि जेनजी आन्दोलन उनका राजनीतिक बदलाव के पक्ष में खड़ा होएके लेल प्रेरित कएलन ।

आन्दोलन के दौरान युवा लोग आपन जान के आहुति देले, एह स्थिति में अपने भी राजनीतिक माध्यम से समाज में बदलाव लेआबेके लेल योगदान देवे के चाहीं, अइसन महसूस भेल । पुरान दल के पकड़ तोड़े के युवा नेता के दावा कटहरिया नगरपालिका–९ के डुमरिया में लमहर समय से पुरान राजनीतिक दल के प्रभाव रहलो के बावजूद अब युवा लोग नयां राजनीतिक शक्ति के ओर आकर्षित हो रहल हए पासवान अइसन दावा कएलन । गाँव के बहुत युवा बदलाव के पक्ष में खड़ा हो रहल हए एसे अपने भी रास्वपा में शामिल भेली, हुन बतएलन । आगामी चुनाव में पुरान दलसब से मुकाबला करेके लेल आपन पार्टी तैयार रहल भी हुन स्पष्ट कएलन ।

जनता से नयां राजनीतिक शक्ति के कम से कम पाँच बरिस काम करेके मौका देवे के आग्रह करईत पासवान कहलन कि संघीय चुनाव में रास्वपा के सांसद रविन्द्र पटेल के मौका देवे जइसहीं प्रदेश आ स्थानीय तह में भी पार्टी के जिम्मेवारी देवे के चाहीं । प्रदेश चुनाव में रास्वपा उम्मीदवार न उतारले, ई विषय पर हुन स्पष्ट कएलन कि ओह समय पार्टी के संगठनात्मक अवस्था एतना मजबूत न रहल । पार्टी सत्ता आ पद से अधिक राजनीतिक बदलाव के प्राथमिकता देले रहे, अइसन दाबी भी हुन कएलन ।

ओही लेखा मधेसी समुदाय के राष्ट्रीय राजनीति में अवसर देवे के विषय के हुन रास्वपा के सकारात्मक पक्ष बतएलन । पार्टी सभापति रवि लामिछाने मधेसी समुदाय के व्यक्ति के प्रधानमन्त्री के उम्मीदवार के रूप में आगे बढएले रहलन, ई प्रसंग के उल्लेख करईतहुन एकरा के समावेशी राजनीतिक अभ्यास बतएलन ।

