रामअधार यादव, रौतहट, कार्तिक ११ गते।
रौतहट के कटहरिया नगरपालिका–६, फतेपुर में नेपाली कम्युनिस्ट पार्टी ९नेकपा० के दु महीना के जनजागरण अभियान अन्तर्गत संगठन मजबूत बनावे आ जनता से हाथे हाथ मिलाके आगे बढ़ेके कार्यक्रम सम्पन्न भेल हए। कार्यक्रम में वडा स्तर पर संगठन विस्तार, कमिटी समायोजन आ जनता से पार्टी के सम्बन्ध अउरी मजबूत बनावेके विषय पर जोर देल गेल हए।

कार्यक्रम के प्रमुख अतिथि नेकपा के केन्द्रीय सदस्य विनदेश्वर राय यादव कहलन कि अलग(अलग माओवादी धारा आ कम्युनिस्ट विचारधारा मानेवाला शक्ति सब एकजुट होके आगे बढ़ेके चाहीं। कम्युनिस्ट पार्टी के मुख्य उद्देश्य गरीब, असहाय, मजदूर, किसान आ उत्पीड़ित समुदाय के हकहितके लेल काम कएले हए। एहसे जनता के अधिकार, समानता, सम्मान आ न्याय स्थापित करे लृल लगातार संघर्ष करेके जरूरी हए।

उहाँ कहलन कि समाज में पीछे छोड़ देहल गेल वर्ग आ समुदाय के आवाज उठावेके आ आम नागरिक के जीवनस्तर सुधारे लेल कम्युनिस्ट विचार पर विश्वास करेवाला सब शक्ति के बीच एकता, सहकार्य आ संगठनात्मक मजबूरी जरूरी हए। समाजवाद के स्थापना आ विकास पर जोर देत उहाँ देश के समग्र विकास लेल समाजवादी व्यवस्था जरूरी बतवले हए।

कार्यक्रम के विशिष्ट अतिथि आ कटहरिया नगरपालिका के मेयर प्रत्याशी नसरुद्दिन अन्सारी कहलन कि स्थानीय तह के चुनाव में मतदाता सबके उम्मीदवार के व्यक्तिगत काम, व्यवहार आ जनता के प्रति जिम्मेवारी के आधार पर फैसला करेके अनृरोध कएलन ।

उहाँ बतवलन कि फतेपुर के जनता नगरपालिका भरि में सबसे कहुती मत देके उहाँ पर भरोसा बडन । एह विश्वास के सम्मान करत जनता के हित में आगे बढ़ेके जरूरी हए।
प्रतिनिधिसभा के चुनाव में आएल राजनीतिक बदलाव के असर स्थानीय चुनाव में अपने(आप पड़त, ई जरूरी नहए। एह बात पर संकेत करइत अन्सारी कहलन कि स्थानीय चुनाव में जनता के काम करेवाला व्यक्ति के प्राथमिकता देवेके चाहीं। उहाँ मतदाता सब से भ्रष्टाचार आ कमिसन में लागल व्यक्ति के जगह जनता के हित में काम करेवाला उम्मीदवार के चुनेके आग्रह कएलन।

एह दौरान कार्यक्रम के विशेष अतिथि नेकपा के प्रदेश सदस्य राधामोहन यादव जानकारी देलन कि केन्द्र, प्रदेश, जिल्ला आ नगर स्तर पर भेल एकता आ समायोजन के निर्णय के अनुसार वडा स्तर पर भी संगठनात्मक समायोजन कएल गेल हए।
यादव पूर्वप्रधानमन्त्री मनमोहन अधिकारी के नेतृत्व में शुरू भेल स्वास्थ्य सेवा के विस्तार आ बुजुर्ग सबके भत्ता वितरण जइसन कार्यक्रम के स्मरण कएलन। उहाँ जनता के जीवन से सीधे जुड़ल सामाजिक सुरक्षा के कार्यक्रम के महत्व पर जोर देलन। ओहिसे, जेनजी आन्दोलन के सन्दर्भ में माधवकुमार नेपाल आ पुष्पकमल दाहाल ‘प्रचण्ड’ के सहयोग के विषय में भी चर्चा कएलन।

कार्यक्रम में सहभागी नेता आ कार्यकर्ता सब पार्टी के संगठन के वडा स्तर तक मजबूत बनावेके, जनता के समस्या पहिचान करेके, जनता से सीधा संवाद कायम करे आ उहाँ सब के सरोकार से जुड़ल विषय पर सक्रिय भूमिका निभावेके प्रतिबद्धता जनवलन।

कार्यक्रम में कटहरिया नगरपालिका–६, फतेपुर के वडा कमिटी नन्दलाल सहनी के संयोजकत्व में समायोजन करेके निर्णय कएल गेल हए।

नन्दलाल सहनी के अध्यक्षता में सम्पन्न कार्यक्रम में नेकपा के नेता आ कार्यकर्ता सबके सहभागिता रहल।

दु महीना के जनजागरण अभियान के वडा स्तर तक प्रभावकारी बनावे आ पार्टी के संगठन अउरी मजबूत करेके उद्देश्य से कार्यक्रम आयोजित कएल गेल रहे।

