रामअधार यादव, बारा, कार्तिक ८ गते।
बारा जिल्ला के सिम्रौनगढ़ नगरपालिका–८, कचोर्वा पुरानका बजार में नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी मधेश प्रदेश के आयोजन में २२मा स्वर्गीय कमरेड हरिहर यादव स्मृति दिवस कार्यक्रम सम्पन्न भेल हए। कार्यक्रम में पार्टी के नेता आ कार्यकर्ता सब स्वर्गीय कमरेड हरिहर यादव के योगदान याद करइत उहाँ देखावल विचार, सिद्धान्त आ बात पर आगे बढ़ेके प्रतिबद्धता जनवले हए।

कार्यक्रम के प्रमुख अतिथि नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी के संयोजक लोकनारायण सुवेदी स्वर्गीय कमरेड हरिहर यादव के सालिक पर फूलमाला आ टीका लगाके श्रद्धाञ्जलि अर्पित कएलन। ओह अवसर पर विशेष अतिथि नेपाली कम्युनिस्ट पार्टी के केन्द्रीय सदस्य डा। गोपाल ठाकुर, पार्टी के केन्द्रीय सदस्य सरल विक्रम मल, विके अर्याल, ठाकुर थपलिया, केन्द्रीय सचिवालय सदस्य नागेन्द्र प्रसाद यादव, कैलाश यादव, पारस ठाकुर, सियाराम यादव, नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी के मधेश प्रदेश सदस्य कुन्दन यादव आ मनिरलाल कर्ण लगायत नेता सब फूलमाला चढ़ाके वीर शहीद अमर रहुन के नारा लगवले रहे ।

कार्यक्रम में सम्बोधन करत संयोजक सुवेदी स्वर्गीय हरिहर यादव देखावल रसता पर चलेके आ उहाँ के सिखावल विचार के आत्मसात् करेके आग्रह कएलन । उहाँ कहलन कि हरिहर यादव के रसता किसान, मजदूर आ आम नेपाली जनता के रसता हए।

सुवेदी कहलन कि हरिहर यादव के विचार आ पुष्पलाल देखावल मार्ग के आत्मसात् कके नेपाल के एगो उन्नत राष्ट्र बनावल जासकइत हए। एहसे देश के विकास आ जनताके अधिकार लेल सही विचार आ सिद्धान्त के साथे आगे बढ़ेके जरूरि हए।
उहाँ कहलन, “ऊ हरिहरजी सिखवल रसता, ऊ पुष्पलाल के रसता। ऊ हमनी नेपाली जनता के रसता। ऊ किसान आ मजदूर के रसता ।”

संयोजक सुवेदी उपस्थित जनसमुदाय से लोभलालच आ छलकपट में ना पड़के वक्ता सबके विचार ध्यान से सुने आ देश तथा समाज के भविष्य के बारे में गम्भीरता से सोच(विचार करेके आग्रह कएलन। उहाँ जनताके दुःख(दर्द, पीड़ा आ समस्या के समाधान लेल नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी हमेशा अगुआ बनके संघर्ष करेके प्रतिबद्धता भी व्यक्त कएलन।

कार्यक्रम में विशेष अतिथि नेपाली कम्युनिस्ट पार्टी के केन्द्रीय सदस्य डा। गोपाल ठाकुर स्वर्गीय हरिहर यादव के राजनीतिक योगदान के चर्चा करइत उहाँ के लिखल कम्युनिस्ट पार्टी के गीत के भी स्मरण कएलन। उहाँ के विचार आ योगदान के चर्चा करइत वक्ता सब जनताके अधिकार, किसान(मजदूर के हित आ सामाजिक परिवर्तन लेल उहाँ के देखावल रसता पर चलेके जरूरी पर जोर देलन।

मधेश प्रदेश संयोजक रामदुलार महतो के अध्यक्षता में सम्पन्न कार्यक्रम के सञ्चालन केन्द्रीय सचिवालय सदस्य नागेन्द्र प्रसाद यादव कएलन । कार्यक्रम में कैलाश यादव, ठाकुर थपलिया, पारस ठाकुर, मनिरलाल कर्ण लगायत नेता सब आपन विचार रखले रहे । विशेष अतिथि के रूप में सहभागी पार्टी के केन्द्रीय सदस्य सब भी स्वर्गीय हरिहर यादव के योगदान के चर्चा कएलन।

स्वर्गीय कमरेड हरिहर यादव २०६१ साल कार्तिक ८ गते शहीद भेलन। उहाँ के स्मृति दिवस के अवसर पर आयोजित कार्यक्रम में उहाँ के राजनीतिक योगदान, विचार आ जनताके प्रति समर्पण के याद कएलन ।

कार्यक्रम के अन्त में संयोजक लोकनारायण सुवेदी स्वर्गीय कमरेड हरिहर यादव प्रति सम्मान व्यक्त करइत “कमरेड हरिहर यादव अमर रहुन्” के नारा लगवले आ लालसलाम अर्पित कएलन ।

