रामअधार यादव, रौतहट, कार्तिक, ४ गते ।
बज्जिकाञ्चल एफएम ८९.२ मेगाहर्ज, कटहरिया, रौतहट के नियमित श्रोता रेडियो के कार्यक्रम जन-जन तक प्रभावकारी रूप से पहुँच रहल हुन बतवले हए । ऊ आगामी दिन में खोजमूलक, स्वास्थ्य आ विज्ञान से जुड़ल कार्यक्रम के अउरी प्राथमिकता देवे के सुझाव देले हए ।
![]()
बारा जिल्ला के कचोर्वा निवासी आ नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी के केन्द्रीय सचिवालय सदस्य एवं पुरान नेता नागेन्द्र प्रसाद यादव बज्जिकाञ्चल एफएम के कार्यालय पहुँच के रेडियो के सञ्चालक आ कार्यक्रम चलावे वाला संचालक से बातचीत करत ई सुझाव देले हए ।

एफएम के नियमित श्रोता यादव बतवले कि ऊ मोबाइलमार्फत से रेडियो सुनरहल हए । उनकर कहनाम हए कि स्थानीय भाषा बज्जिका में समाचार आ कार्यक्रम प्रसारण होखेसे आम जनता के बात आसानी से समझल रहल हए । एहसे रेडियो के लोकप्रियता भी बढ़ रहल हए ।

ओने स्थानीय समाचार, देश-दुनिया के समाचार आ अलग अलग के जानकारी देवे वाला कार्यक्रम के सराहना करईत कहलन कि अइसन कार्यक्रम जनता तक सही सूचना पहुँचावे आ लोग के जागरूप बनावे में महत्वपूर्ण भूमिका निभावरहल हए । ओने एईसन किसिम के कार्यक्रम के आगे भी लगातार चलावे के आग्रह कएलगेल हए ।
![]()
यादव कहले हए कि समाज में आजुओ छुआछूत आ जात-पात के भेदभाव के अवशेष बाकी रहल हए । एह कुरीति के अन्त्य करेके लेल रेडियो से जनचेतना बढ़ावे वाला कार्यक्रम चलावलके जरूरी रहल हए । रेडियो के माध्यम से सवके समानता, आपसी सद्भाव आ सामाजिक न्याय के बारे में जागरूप बनासकईत हए ।

ओहीसँघे उहाँ स्वास्थ्य, विज्ञान आ खोजमूलक विषय पर आधारित कार्यक्रम के संख्या बढ़ावे के सुझाव देले हए । अइसन कार्यक्रम से श्रोता लोग के नया-नया जानकारी मिलीके आ समाज में सकारात्मक बदलाव लावे में मदद मिलेएके अपेक्षा हए ।

हुन कहलन कि बज्जिकाञ्चल एफएम स्थानीय भाषा में समाचार आ शिक्षा से जुड़ल कार्यक्रम प्रसारण करके जनता तक सूचना आ ज्ञान पहुँचावे के सराहनीय काम करल हए । हुन विश्वास व्यक्त करईत श्रोता के रुचि आ जनसरोकार के विषय पर अउरी कार्यक्रम संचालन करीकी ओसे रेडियो के लोकप्रियता आउर बढ़ के अपेक्षा कहलन ।

श्रोता के सुझाव के ध्यान में रख के स्थानीय जनता के जरूरत, जनसरोकार, सूचना, शिक्षा, स्वास्थ्य, विज्ञान आ सामाजिक जागरूकता से जुड़ल कार्यक्रम के और प्रभावकारी बनावे के विषय पर भी बातचीत कएले हए ।

बज्जिकाञ्चल एफएम ८९.२ मेगाहर्ज कटहरिया, रौतहट से प्रसारण करइत हए । रेडियो स्थानीय भाषा, समाचार आ जनहित के विषय के प्राथमिकता देइत श्रोता लोग से सीधा जुड़ल रहे के प्रयास कर रहल हए ।

