बज्जिकाञ्चल दैनिक,रौतहट,१६ गते
सावन महीना के पावन अवसर पर बोलबम काँवरिया संघ के आयोजनामे काठमांडूमे भव्य बोलबम मोटरसाइकल रैली निकलल हए। कुलेश्वर मेन रोडसे शुरू भइल ई रैलीमे हजारन बोलबम भक्त मोटरसाइकल पर सवार होके सहभागी भइलन।
रैलीके उद्घाटन सांसद डा। अमरेश कुमार सिंहके प्रमुख आतिथ्यमे भइल। कार्यक्रममे रविन्द्र पटेल, पशुपति विकास कोषके सदस्य संगीता कुमारी राम, बोलबम काँवरिया संघके कानुनी सलाहकार विकास ठाकुर, विवेक शर्मा लगायत विशिष्ट व्यक्तिसभके उपस्थिति रहल।
कुलेश्वरसे शुरू भइल रैली कालीमाटी, सुन्धारा, न्यूरोड, दरबारमार्ग, ठमेल, महाराजगंज, चाबहिल, बौद्ध, गौरीघाट, गौशाला, कोटेश्वर, सातदोबाटो, पुल्चोक, बल्खु, कलंकी आ स्वयम्भू होत चागल पहुँचल। रैलीमे सहभागी श्रद्धालुसभ बनकाली पार्किङमे मोटरसाइकल राखके भगवान पशुपतिनाथके मन्दिरमे पहुँचके दर्शन, पूजा आ आराधना कइलन।
कार्यक्रमके सम्बोधन करैत सांसद डा। अमरेश कुमार सिंह कहलन कि वर्तमान समयमे धार्मिक सहिष्णुता, धार्मिक सद्भाव आ हिन्दू एकताके बहुत आवश्यकता हए।
उहाँ कहलन कि बोलबम काँवरिया संघके लेल सिन्दुरीजल क्षेत्रमे जमीनके व्यवस्था करे खातिर पहल कइल जाई। हिन्दू धर्मके रक्षा आ संघके विकासमे हरसम्भव सहयोग करेके प्रतिबद्धता सेहो व्यक्त कइलन।
ओही क्रममे सांसद सिंह मधेसी समाजके जायज हकहितके रक्षा खातिर सेहो हरदम सहयोग करेके भरोसा देलन। रैलीमे सहभागी बोलबम भक्तसभ धार्मिक एकता, सद्भाव आ हिन्दू संस्कृतिके संरक्षणके सन्देश देत उत्साहपूर्वक सहभागी भइलन।

