रामअधार यादव, रौतहट।

रौतहटके कटहरिया नगरपालिका–१ अन्तर्गत भसेढवा, झौवा लगायतके गाँवमे दीपावलीके बाद गोवर्धन पूजाके दिन परम्परागत ‘सुहराइया’ अर्थात् हियालोलो परब बड़का उत्साह आ उमंगके साथ मनावल गेल हए ।

पुर्खनके समयसे चलईत आवईत ई मौलिक परम्परा पछिला कुछ सालसे धीरे-धीरे लोप होखेके अवस्थामे पहुँचल हए । आईसन अधिकांश जगह पर ई परब मनावल बन्द हो होगेल हए , ओहीसही कवनो कवनो गिनती गाँवमे मात्र ई परम्पराके संरक्षण कएले हए ।

सुहराइया परबके अवसर पर स्थानीय लोग सबेरेसे अपना अपना गाई, गोरु, भैंस लगायतके पशुधनके विशेष महत्व देइत पशु सवके पक्खेउ खियावेल करलले । स्थानीय जंगल-झाड़ीमे मिलल जाएवाला विभिन्न जड़ी-बूटी, घास-पात आ वनस्पति मिलाके पक्खेउ तैयारी कएल जारहल हए । ओही सही विभिन्न जड़ी-बूटी आ वनस्पति मिलाके तेलो तैयार कएल गेल हए, जेकरा पशुसवके खियावे आ लगावेके परम्परा रहल हए ।

दिनभर पशुधनके पक्खेउ खियाके, रंग-बिरंगके रंग लगाके ओकर साज-सँभार आ देखभाल गेल हए । ओकरा बाद साँझके समय भसेढवा क्षेत्रमे रहल लालबकैया नदीके किनार पर सालोंसे चलईत आवतई विशेष परम्परागत गतिविधि कएल गेल हए ।

उहे परम्पराके तहत एगो छोट सुगरके बच्चाके बैल, गाई, भैंसी के ऊपर रखके वैल सबके दौड़ावे आ विभिन्न गतिविधि करावेके चलन रहल हए ।ओहीसँघे बैल सब दौड़ेले आ उछल-कूदले । स्थानीय समाजमे ई परम्परा सुहराइया परबके खास पहचान बनल रहल हए ।

देखेखे लेल हजारोंके संख्या मे स्थानीय निवासी, बाल-बच्चा, समाजसेवी आ पूर्व जनप्रतिनिधि लोग आएल रहल रहे । परम्परागत हियालोलो गतिविधि देखेके लेल लालबकैया नदीके किनार पर स्थानीय लोगके भारी भीड़ लागल रहल रहे।

झौवा निवासी समाजसेवी गणिलाल यादवके कहनाम हए कि सुहराइया परब स्थानीय मौलिक संस्कृति, कृषि जीवनशैली आ पशुधनसवसे जुड़ल पुर्खनके समयके पुरान परम्परा हए । उहाँके अनुसार पहिले ई परब आसपासके विभिन्न गाँवमे बड़का उत्साहके साथ मनावल जाइत रहे, लेकिन अब धीरे-धीरे बहुत जगह से ई परम्परा लोप होइत जा रहल हए । अखुनी भसेढवा, झौवा लगायत कुछ गिनती जगह पर मात्र ई परम्परा जोगएले हए ।

आधुनिक जीवनशैली आ नया पीढ़ीमे पुरान परम्पराप्रति रुचि घटईत जाएके कारण सुहराइया पर्व धीरे-धीरे लोप होखेके कगार पर पहुँच हए । स्थानीय मौलिक पहचान बोकेवाला एह परम्पराके बचावे आ नया पीढ़ी तक एकर महत्व आ इतिहास पहुँचावेके जरूरी रहल हए ।

सुहराइया खाली एगो परब ना, बल्कि ई स्थानीय समाजके इतिहास, कृषि संस्कृति आ पुर्खनसे मिलल मौलिक पहचान हए। एह अमूल्य सांस्कृतिक धरोहरके संरक्षण कएल आजके पीढ़ीके साझा जिम्मेवारी हए।