रामअधार यादव , रौतहट, कार्तिक ६ गते।

बज्जिका भाषाके संरक्षण, संवर्धन आ विद्यालय स्तरपर पढ़ाइके व्यवस्था करे खातिर सरकारके इच्छाशक्ति, प्रभावकारी नीति आ बज्जिका भाषी समुदायके सक्रियता जरूरी रहल बात मानव अधिकार अधिकृत आ बज्जिका प्रज्ञा प्रतिष्ठान नेपालके अध्यक्ष इन्द्रजित सहनी कहलथिन।

शुक्रवार बज्जिकाञ्चल एफएम ८९.२ मेगाहर्जके नियमित कार्यक्रम ‘बज्जिकाञ्चल बहस’ मे प्रस्तोता आरके श्रीवास्तवसे बातचीत करत सहनी कहलथिन कि अपना मातृभाषामे बोले, सीखे आ पढ़ेके अधिकार मानव अधिकारके अभिन्न अंग हए।

उ कहलथिन कि बज्जिका भाषाके विकास आ संरक्षणके अधिकारके रूपमे स्थापित करेके जरूरत हए। मातृभाषामे पढ़ाइके व्यवस्था नइखे रहलासे बज्जिका भाषी बच्चासभके शुरुआती कक्षासे ही पढ़ाइ-लिखाइमे कठिनाइ होखेला।

घरमे बोलल जाएवाला भाषासे अलग भाषामे पढ़े पड़लासे बच्चासभके विद्यालयके पढ़ाइमे रुचि घट सकेला आ बीचेमे पढ़ाइ छोड़ेके जोखिमो बढ़ सकेला, सहनी बतौलथिन।

बज्जिका प्रज्ञा प्रतिष्ठान पाठ्यक्रम विकास केन्द्रसे समन्वय करके बज्जिका भाषाके पाठ्यक्रम बनावे आ पाठ्यपुस्तकके व्यवस्था करे खातिर पहल कर रहल जानकारी भी उ देलथिन।

ओही तरे बज्जिका भाषाके डिजिटल प्रविधि आ कृत्रिम बुद्धिमत्ता (एआई) से जोड़ेके जरूरतपर जोर देत सहनी कहलथिन कि एसे बज्जिका भाषामे लेखन, अनुवाद आ तरह-तरहके भाषिक सामग्री विकसित करेमे मदद मिल सकेला।

 

नेपालके संविधान स्थानीय तहके शिक्षा आ भाषासम्बन्धी अधिकार देले बा। एहिसे स्थानीय आ प्रदेश सरकार बज्जिका भाषाके संरक्षण आ विकासके अपना नीति आ बजेटमे प्राथमिकता देवेके चाहीं, सहनीके कहनाम रहल।

कार्यक्रमके दौरान युवासभमे बढ़त लागूऔषधके समस्या, भ्रष्टाचार नियन्त्रण, सार्वजनिक खर्चमे पारदर्शिता आ सुशासनके जरूरतपर भी चर्चा भइल।

सहनीके कहनाम रहल कि खाली सड़क आ भौतिक संरचना बनावेके आधारपर विकासके मूल्याङ्कन ना करेके चाहीं। शिक्षा, स्वास्थ्य, सामाजिक सुरक्षा आ न्याय तक आम जनताके पहुँचो विकासके महत्वपूर्ण आधार हए।

अन्तमे सहनी अंग्रेजी आ दोसर भाषा सीखे खातिर प्रोत्साहित करत अपना मातृभाषा बज्जिकाके ना बिसरेके आग्रह कइलथिन।

“अंग्रेजी भी सीखी, बाकिर अपना मातृभाषाके मजबूत बनाईं,” कहत उ घर-परिवारसे ही बज्जिका भाषाके प्रयोग बढ़ावे आ नया पीढ़ीके अपना मातृभाषापर गर्व करेके सिखावेके आह्वान कइलथिन।

 

सहनीके अनुसार, बज्जिका भाषाके संरक्षण खाली सरकार चाहे कवनो एगो संस्थाके जिम्मेवारी नइखे, बलुक ई पूरा बज्जिका भाषी समुदायके साझा जिम्मेवारी हए।